-प्रभुनाथ शुक्ल भदोही
अरे भइया! चुनाव के मौसम आ गइल बा। अब राजनीति के गलियारा में अइसन बहार आइल बा कि नेताजी लोग के रंग-ढंगे बदल गइल बा। केहू दल बदलत बा, केहू गठबंधन में सीट के शर्त लगा रहल बा, त केहू विपक्ष के तरफ से मिल रहल तरह-तरह के ऑफर पर मन ही मन लड्डू फोड़ रहल बा।
अब नेताजी के का कहीं! नेताजी के राजनीति के असली पाठशाला त जाति के गणित आ सत्ता के समीकरण ह। जहां सत्ता के खुशबू मिलल, उहंवे नेताजी के कदम बढ़ गइल। जिधर हवा बहत देखिहें, उधर आपन राजनीतिक नाव खेवे निकल जइहें। काल्ह तक जे दल के नेता के पानी पी-पी के गरियावत रहले, आज ओही दल के तारीफ में कसीदा पढ़े लगिहें।
अरे भइया! राजनीति में विचारधारा से जादे जरूरी बा कुर्सीधारा! अब सरकार बने के आसार जिधर दिखी, नेताजी के गाड़ी पर झंडा बदले के तैयारी ओही हिसाब से शुरू हो जाई। ड्राइवर बेचारा के त पहिले से आदेश मिलल रही कि भाई, डिक्की में सब दल के झंडा रखिहऽ, पता ना कब कवन काम आ जाए!
एहिजा सत्ता पक्ष के लोगन के अलग परेशानी बा। गठबंधन के सहयोगी दल के भी खुश रखे के बा, उनकर मांग भी सुने के बा आ सीट के बंटवारा भी करे के बा। ऊपर से नेताजी लोग के बयानबाजी अइसन कि कब केकरा पर नाराज हो जइहें, केहू नइखे जानत।
अब सहयोगी दल के नेताजी के देखीं। आपन राजनीतिक हैसियत भले दू गो विधानसभा क्षेत्र तक सीमित होखे, बाकिर सीट मांगे में पूरा प्रदेश के ठेका ले लेत बाड़ें। कहत बाड़ें कि गठबंधन में सम्मान चाहीं, सम्मान के साथ सीट चाहीं आ सीट भी ओतना चाहीं जेतना से सरकार बनावे में उनकर सबसे बड़ा योगदान हो सके!
उधर विपक्ष के लोग एह पूरा तमाशा के आपदा में अवसर मान रहल बा। कवनो नाराज नेता के फोन घुमावत बा, त कवनो के स्वागत करे खातिर माला लेके तैयार बाड़े।
कुल मिलाके चुनावी मौसम में राजनीति के बाजार गरम बा। कहीं टिकट के बोली लागत बा, कहीं गठबंधन के शर्त तय होत बा, त कहीं दल बदल के पटकथा लिखात बा। बाकिर जनता सब देख रहल बिया। नेताजी लोग! झंडा बदले में भले देर मत करीं, बाकिर ई मत भुलाइब कि लोकतंत्र में आखिरी झंडा जनता के हाथ में होला। चुनाव के दिन जनता जवन बटन दबाई, ओही से तय होई कि केकर गाड़ी आगे बढ़ी आ केकर राजनीतिक इंजन बंद हो जाई!
