मुख्यपृष्ठस्तंभभोजपुरिया व्यंग्य : कुकुर के पोंछ अउरी समधी के मोंछ सीध ना...

भोजपुरिया व्यंग्य : कुकुर के पोंछ अउरी समधी के मोंछ सीध ना होला

प्रभुनाथ शुक्ल
भदोही

बरात के तैयारी त बड़ा अजब चीज हवे। जइसे उ बारात के नइखे कवनो नाटक के तैयारी होखेला। जेकर उमिर पचपन के लगे उ पच्चीस के गबरू जवान दिखल चाहत हौ। समधी-समधिन ६० पार कइले के बाद भी १६ के जवानी घोंट रहल बाड़े। क्रीम, पाउडर, गुटका, डाई… सब कुछ एक साथ। लगत बा कि बरात ना, जवानी पुनरोद्धार योजना चल रहल बा। यहीं खातिर कुकुर के पोंछ अउरी समधी के मोंछ कबो सीध ना होला।
उधर लड़िका वाला बरात लेकर भीतर घुसल ना कि लड़की वाला के चेहरा बदल जाला। पहिले त मुस्कान बिखरत रहे, लेकिन बरात के लमहर भीड़ देखते ही ऊ मुस्कान ऐसे गायब हो जाला जइसे दूध में लगी मलाई। एतना लोग…? खाना-पानी कइसे होई? मन में शुरू हो जाला सवाल। समधी से भेंट-अकवार के बाद लड़की के बाप के आवाज में कंपकंपी साफ झलक जाला।
ई सब त ठीक बा, असली खुराफात त तब शुरू होला जब बरात में फूफा जी, बड़का जीजा जी, अउर इज्जतदार डॉन टाइप चाची-भाभी अउरी दुल्हन के ननद के नखरा खुलके नाचे लागेला। भोजन शुरू होखे के पहिले ही फूफा जी चिल्ला उठले हमरा के देखे के कौनो पानी तक ना पूछलस! एहू बरात होला भला? जबकि पूरा घंटा ऊ पंडाल में गोल-गोल घूम-घूम के चाट आ रसगुल्ला चट कर चुकल रहेलें।
जीजा जी के खास आदत हौ हर प्लेट में झांक-झांक के देखे के। अरे इ में पनीर कम बा, हम त पनीरवाला प्लेट खाइब। ई कहत-कहत उ तीन प्लेट खतम कई देले, जबकि बुआ जी के नखरा त पूछ मत। हमरा कुर्सी अलग चाहीं। हमरा त काजू वाला हलवा चाहीं। ई चम्मच अउरी प्लेट पैंâसी नइखे हौ। लइकी वाले हमारा स्टेटस के ख्याल नइखे रखले हौ। लगत बा बुआ जी बरात में ना, राजमहल में आयल बाड़ीं।
आ डॉन टाइप साला जी के एंट्री त फिल्मी होखे के चाहीं। हमार बैठकी वीआईपी होई। हमरा लोग खातिर अलग से इंतजाम होखे के चाही हेजा लइका के मामा के कवनो इज्जत नइखे। जइसे बरात ना, चुनाव सभा होखे। लड़की वाला बेचारा इधर-उधर भागे। पानी लाव, चाय लाव, कुर्सी लगाव, पंखा ऑन कर लेकिन मजाल बा कि बराती लोग काहू से खुश हो जाई।
आ बात-बात में तू-तू, मैं-मैं… हमरा ध्यान ना देहलस!
हमरा आराम करई के ना मिलल, हमरा सब्जी ठंडी मिलल। हमारा चाय गरम नइखे रहल। बरात के असली तुनक-मिजाजी त इहे होला। लइका वालन के नखरा से लड़की वाला बेचारा परेशान हो जाला। बारात के तैयारी नइखे, जइसे भांड के नाच हो जाला। जहाँ लड़की वाले के नजर में लड़का के घर वाले अउरी नातेदार अपने-अपने रोल में सुपरस्टार होखेला।

अन्य समाचार