मुख्यपृष्ठस्तंभभोजपुरिया व्यंग्य : रावण जब हनुमान के पूँछ में फंस गइल

भोजपुरिया व्यंग्य : रावण जब हनुमान के पूँछ में फंस गइल

 प्रभुनाथ शुक्ल, भदोही

गाँव के रामलीला में मंच के पीछे क नजारा कवनो रणभूमि से कम ना होखेला। फर्क बस इहे कि उहाँ तलवार ना चलेला, उहाँ केहू क मूँछ उड़ जाला त केहू के गदा गायब हो जाला। मंच के पीछे के हाल देख के नारद मुनि खुद कह देलें नारायण-नारायण! ई त लीला के भीतर के लीला बा!
हनुमान जी गरजले, अगर गदा ना मिलल त सीता माई के मुँह का देखाई। रावण बोलले हम कुंडल बिना त लंका के राजा ना, हलवाई के मुनीम लागत बानी। गुस्सा में महाराज रावण कुंडल के खोजाई में हनुमान जी के पूँछ में उलझ के गिर गईले। मेकअपवाला बेचारा माथा पकड़े बइठ गईल। कहे लागल, तीन घंटा में रावण के मूँछ बनावल जाला, अउर तीन मिनट में उड़ जाला।
गाँव की रामलीला मा आज त बवाल मच गईल ड्रेसिंग रूम में रावण के कुंडल, हनुमान के गदा नदारद, अउर जामवंत के ड्रेस कवनो राक्षस ओढ़ लिहलस। रामा दल अउर रावण दल में तर्क-वितर्क सुरु हो गईल। राम अउरी रावण दल के सेना एक-दूसरा पर तलवार अउरी गदा लइके मैदान में कूद पडल। यह मामला में रामजी अउरी महाराज रावण के बीच-बचाव करई के पड़ल। दूनाहूँ लोग सोचले कि युद्धभूमि में उतरई से पहिलहीं सारा मामला निपटल चाहत हौ।
लक्ष्मन जी से जामवंत बोलले प्रभु, तनि मूंछ पर गोंद लगार्इं, बार-बार गिर जाला। ओहर ताड़का अउर मारीच आपस में बाल-दाँत के झगड़ा में उलझ गइलें। ताड़का गरजली, मारीच! तू फेर हमार विग पहिन लिहलऽ, अब हम लगब ताड़का ना, ताड़कनाथ।
राम जी खुद सोच में पड़ गइले, कब रावण के मूँछ चिपके? लक्ष्मण हँस के बोलले, भइया, लगत बा कि एह बेर रावण से ना, ओकरा मूँछ से युद्ध होई। आ जब परदा उठल, त पंडाल में बइठल गाँव के दर्शक ठहाका मार देलस। रावण के आधी मूँछ टेढ़, हनुमान के पूँछ तिरछी अउर जामवंत के कमर पर ताड़का के नकली दाँत लटक रहल।
मंच पर संवाद के बीच में कलाकार आपन संवाद ही भूल जाला त डायरेक्टर साहब खींस निपोर के ओकरा तरफ झपटले, भूल गईली भइया। ससुरा ई रिहर्सल ना, लीला हौ। साँच कही त, रामलीला के असली मजा मंच पर ना, मंच के पीछे होखेला। जेकरा के देख देवता लोग खुद हँस देला कि कलाकारन के निष्ठा देख के लागला कि असली त्रेता यहीं बा। कहावत सटीक कहल गईल बा कि रामलीला में अभिनय करे वाला कलाकार, धैर्य के महामुनि होखेला। जे रावण के मूँछ अउर हनुमान के पूँछ, दुनो के एक साथ सँभाल सकेला।

अन्य समाचार