मुख्यपृष्ठस्तंभभोजपुरिया व्यंग्य :  फूफा जी, चंदन लगाईं... लड्डू के बियाह में बुलेट...

भोजपुरिया व्यंग्य :  फूफा जी, चंदन लगाईं… लड्डू के बियाह में बुलेट ले जाईं!

प्रभुनाथ शुक्ल, भदोही

शादी-बियाह के सीजन में दूल्हा-दुल्हन से जादे चर्चा अगर केहू के होला त ऊ हवें फूफा जी। फूफा जी अइसन प्राणी हवें, जिनकर नाराजगी बिना शादी के मंडप अधूरा रहेला आ जिनकर मुस्कान खातिर पूरा खानदान के नाक रगड़े के पड़ेला।
गांव में लड्डू के बियाह तय भइल। घर में मंगलगीत गूंजे लागल, दरवाजा पर झालर लटके लागल, हलवाई कड़ाही में पूड़ी छाने लागलें। बाकिर एह खुशी के बीच एगो बड़हन संकट खड़ा हो गइल। फूफा जी के आवे के खबर त रहे, बाकि स्टेशन पर ले आवे खातिर केहू ना गइल।
फूफा जी स्टेशन से टेंपू खोजत-खोजत पैदल घर पहुंचलें। देह से पसीना अइसन चूअत रहे, जइसे स्टेशन से ना, पहाड़ खोद के आइल होखस। घर में घुसते गरजलें, ई का खानदान ह? हमार इज्जत धूर में मिला देहल गइल। अब त हम एह घर के पानी तक ना पीयब।
बाबूजी हाथ जोड़ के खड़ा हो गइलें। कहलें, जीजा जी, गलती हो गइल। गोवर्धन के भेजले रहीं, बाकि ऊ त पूरा खानदान के नाक कटावे में पीएचडी कइले बा।
गोवर्धन दूर खड़ा पान चबावत मुस्किया रहल रहे। ओकरा चेहरा पर अइसन भाव रहे, जइसे स्टेशन जाए के जिम्मेदारी ओकरा ना, देश के प्रधानमंत्री के रहल होखे।
फूफा जी के सामने छप्पन भोग सजावल गइल। रसगुल्ला, रसमलाई, पकौड़ी, चाय सब बेकार। फूफा जी के पेट से जादे उनकर सम्मान भूखल रहे।
अब बाबूजी के चिंता सतावे लागल कि बारात विदाई के समय दूल्हा के माथे चंदन के लगाई? खानदान में फूफा जी के अलावा एह रस्म के दूसरा अधिकारी केहू ना रहे।
आखिर लड्डू खुदे मनावे पहुंचल। फूफा जी, रउआ नाराज मत होखीं। एह बेर स्टेशन पर ना पहुंच पवनी, बाकिर विदाई में रउआ के अइसन सम्मान मिली कि पूरा गांव देखी। चंदन लगावे के नेग में बाबूजी रउआ खातिर नया बुलेट मोटरसाइकिल देवे के पैâसला कइले बाड़ें।
बस, इतना सुनते फूफा जी के चेहरा पर बसंत उतर आइल। जे मुंह अभी ले कड़ाही के करिया तावा नियर बनल रहे, ऊ गुलाब के फूल नियर खिल उठल। फूफा जी बोललें, बेटा, हम त कबो नाराजे ना रहनी। ई त बस देखत रहनी कि खानदान में केतना इज्जत बा!
बरामदा में बइठल लोग हंसी रोक ना पवलें। अब फूफा जी हर बियाह में सबसे पहिले पूछेलें, बेटा, स्टेशन पर आवे के जरूरत नइखे, बाकि चंदन के नेग में बुलेट के इंतजाम जरूर रखिहऽ!
!!समाप्त!!

अन्य समाचार